कल्याण सिंह के पार्टी राष्ट्रवादी बन गइल
December 26, 2010
पूर्व मुख्यमंत्री कल्याण सिंह के जनक्रांति पार्टी अब जनक्रांति पार्टी राष्ट्रवादी का नाम से जानल जाई काहे कि चुनाव आयोग ओकरा के एही नाम से पंजीकृत कइले बा. चुनाव चिह्न अगिला महीना मिल जाये के उमेद बा. पार्टी के चाहत बा कि ओकरा के गिलास मिल जाव. कल्याण सिंह पाँच जनवरी के अपना अगिला योजना के खुलासा कर सकेलें. भाजपा में उमा भारती के वापसी के संभावना देखत कल्याण सिंहो आपन दाँव पेंच ठीक कर लिहल चाहत बाड़न. उनकर बेटा राजवीर सिंह के कहना बा कि अगिला चुनाव में पार्टी चमत्कारी जीत हासिल करी.