एक दिन में चौदह विकेट गिरल
December 27, 2010
दक्षिण अफ्रीका का साथ हो रहल दूसरका टेस्ट मैच का दोसरका दिने कमाल के खेल हो गइल आ संकट में घेराइल भारत पहिला पारी का आधार पर ७४ रन के बढ़ती बना लिहलसि. दक्षिण अफ्रीका एक सौ एकतीसे रन बना के आउट हो गइल. बाद में आपन दुसरका पारी खेले आइल भारत स्टम्प का बेरा चार विकेट का नुकसान पर ९२ रन बना लिहले रहुवे. अब सब कुछ एह पर बा कि काल्हु का हो रहल बा. अगर लक्ष्मण जम गइलन त भारत ठीक ठाक हालात में आ जाई. आजु के खेल के खास खबर ई रहल कि राहुल द्रविड़ दुनिया के पहिला खिलाड़ी हो गइलें जे २०० टेस्ट कैच लिहले होखे.