web analytics

घोटाला के पइसा सोनिया के मिलल बा

जनता पार्टी के अध्यक्ष सुब्रह्मण्यम स्वामी काल्हु आगरा में कहलें कि टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला से मिलल रुपिया में से सैकड़े साठ सोनिया गाँधी के मिलल बा जवन कि विदेशी बैंकन में जमा बा. कुछ हिस्सा करुणानिधि के मिलल बा. सोनिया गाँधी आपन धन अॡना दू गो बहिन का नाम से जमा करवले बाड़े. स्वामी का हिसाब से ए॰ राजा त कठपुतली भर रहलें आ उनुका के सैकड़े दसे मिलल बा. एह सब का बावजूद स्वामी के राय बा कि मनमोहन सिंह के प्रधानमंत्री बनल रहे के चाहीं ना त सोनिया गाँधी पीएम बन जइहें जवन देश खातिर खराब होखी. स्वामी त अइसन बतियवले बाड़न कि बुझात बा मुंशी उहे रहलें आ सगरी के हिसाब किताब उनुके लगे बा. शायद स्वामी के विश्चसनीयता संदिग्ध मान के कांग्रेसो उनका बयान पर बिफरल नइखे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: