शेख अब्दुल्ला आ नेहरू समझौता सामने आवे के चाहीं
December 27, 2010
सपा के आजम खाँ काल्हु इटावा में कहलें कि समय आ गइल बा कि नेहरू अब्दुल्ला समझौता सार्वजनिक कर दिहल जाव. लोग के मालूम पड़े के चाहीं कि झगड़ा के जड़ का बा. कुछ दिन पहिले आजम खाँ कहले रहलें कि कांग्रेस के पूरा देश से कवनो मुसलमान ना मिलल मंत्री बनावे खातिर त काश्मीर के गुलाम नबी आजाद के मंत्री बनावल गइल. आजु जोड़लन कि गुलाम नबी मुसलमानन के नेता ना हउवन ना हो सकेलें, कांग्रेस पर मुसलमानन से धोखाधड़ी के आरोप लगावत आजम खाँ कहलें कि सच्चर कमिटी के रिपोर्ट आजु ले लागू ना हो सकल.