चार बाँस चौबीस गज अंगुल अष्ट प्रमाण
December 28, 2010
डरबन में चल रहल भारत दक्षिण अफ्रीका का बीच दुसरका टेस्त मैच का तीसरका दिने भारत २२८ रन बना के आल आउट हो गइल आ जीते खातिर दक्षिण अफ्रीका के लक्ष्य मिलल ३०३ रन बनावे के. आजु के खेल खतम होखा का बेरा दक्षिण अफ्रीका तीन विकेट का नुकसान पर १११ रन बना लिहले रहुवे. अब मौका बा भारत का लगे कि अपना गेंदबाजी से दक्षिण अफ्रीका के हरा देव आ सीरिज में बरोबरी पर आ जाव. आजु लक्ष्मण ९६ रन पर आउट हो गइलें बाकिर भारत के जीते लायक त बनाइये दिहलन. दू दिन के मैच बाकी बा आ सात गो विकेट १९२ रन दिहले बिना चटका देबे के बा. देखल जाव कि काल्हु का खेल में का खेला होखत बा.