मुंबई हाई कोर्ट संजय दत्त के दू गो परिसंपत्ति जब्त करे के आदेश दे दिहले बिया. एह साल जनवरी में आल इन्डिया मोशन पिक्चर्स प्रोड्यूसर्स एसोसिएशन एगो विवाद में पंचयति कर के संजय दत्त के दू करोड़ रुपिया के हरजाना देबे के कहले बिया. सजय दत्त पर एगो निर्माता शकील नूरानी के आरोप बा कि ऊ “जान के बाजी” फिल्म खातिर पचास लाख रुपिया के साइनिंग अमाउन्ट लिहला का बादो शूटिंग के तारीख ना दिहलन जवना से ओकर डाँड़ टूट गइल आ निर्माता फाईनेन्सर के करोड़ो के कर्जदार हो गइल. अब संजय दत्त या त ओह नुकसान के भरपाई कर देस या अपना परिसंपत्ति के नीलाम हो जाये देस. संजय दत्त के कई बेर बातचीत करे खातिर बोलावल गइल बाकिर ऊ हाजिर ना भइलन. मजबूरन इम्पा बिना उनकर पक्ष सुनले फैसला दे दिहलसि.
संजय दत्त, शकील नूरानी, जान के बाजी