Archives for January 2011
मिस्र का बवाल में फंसल करीब ३०० हिन्दुस्तानियन के पहिला खेप ले के एयर इण्डिया के जहाज आजु दिल्ली चहुँपल, एकरा के काल्हु भेजल गइल रहे कि हिन्दुस्तानियन के ओहिजा के दंगा फसाद से बचा के वापिस ले आइल जाव. अबही अउरी लोग के ले आवल जाई. ओहिजा के शासक होसनी मुबारक का खिलाफ जनता
पिछला पचीस जनवरी के महाराष्ट्र में मालेगाँव के एडीशनल कलक्टर यशवंत सोनवाने के जिन्दा जरा के मार डाले वाला पोपट शिन्दे आजु मुंबई का जे जे अस्पताल में इलाज का दौरान अपनहू मर गइल. बतावल जात बा कि जरत सोनवाने पोपट के जकड़ि लिहले रहले जवना से उहो सत्तर फीसदी जर गइल रहे आ ओकरा
भारत के प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह मंगल का दिने दिल्ली में होखे जा रहल मुख्यमंत्रियन के सम्मेलन के उद्घाटन करीहें. बतावल जा रहल बा कि यूपी के मुख्यमंत्री मायावती एह सम्मेलन में अपने ना आ के अपना प्रतिनिधि के भेजीहें. भाजपा शासित राज्य के मुख्यमंत्री एह सम्मेलन में भगवा आतंकवाद के मुद्दा पर सवाल उठा सकेले.
भारत के मुख्य निर्वाचन आयुक्त एस॰वाई॰ कुरैशी काल्हु लखनऊ में आयोजित क्षेत्रीय सम्मेलन में चुनाव के तरीका में बदलाव करे के बात कहलन. कहले कि भ्रष्ताचार, दबंगई, आ दल बदल पर रोक लगावल बहुते जरुरी बा. चुनाव के पहिले के छह महीना आ बाद के छह महीना ले अधिकारियन के तबादला ना होखे के चाहीं.
बिहार राज्य के वकील सोमार का दिने अदालती काम के वहिष्कार कइले. ऊ लोग चाहत बा कि सरकार सँझिया अदालत के अधिसूचना वापिस ले लेव. सरकार ओह लोग के माँग पर कुछ ना कइलसि जवना चलते ऊ लोग आजु हड़ताल कर दिहल. सरकार चाहत बिया कि अदालत के सामने लागल मुकदमा के भीड़ खतम हो
मुंगेर जिला के हरिणमार दियारा में कुछ लोग माओवादियन के भोज पर बोलवले रहुवे. जब ऊ अइले सँ त ओह गिरोह के बारह सदस्यन के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल रहे आ ओकनी के हथियार लूट लिहल गइल रहे. शठे शाठ्यम समाचरिते के एह उदाहरण से सरकार सहमत नइखे आ ओह अपराध के
बिहार राजद के विधायक सुरेन्द्र प्रसाद यादव के सुरक्षा गार्ड काल्हु अतवार के देर रात गया मेडिकल कॉलेज में जूनियर डाक्टरन पर गोली चला दिहले जवना से दू गो जूनियर डाक्टर घवाहिल हो गइले. एह घटना के विरोध में बिहार में जूनियर डाक्टर हड़ताल पर चल गइल बाड़े आ विधायक के गिरफ्तारी के माँग हो
पूर्व भाजपाई रहल आ मध्यप्रदेश के पूर्वमुख्यमंत्री उमा भारती के भाजपा में वापसी के अटकल लागते रहेला. अबकी खुद उमा भारती कहले बाड़ी कि ऊ यूपी में भाजपा के जितावे खातिर लगीहें आ एकरा खातिय अगर जरुरी भइल त विधायक के चुनावो लड़ीहें. इशारा बा कि अगर भाजपा जीतल त ओकर मुख्यमंत्री उमे भारती रहीहें.
गदहा त खेत चर के अघा गइल आ मजे में बा बाकिर ओकर खामियाजा अब आम आदमी के भुगते के पड़ी. केन्द्रीय दूर संचार मंत्री कपिल सिब्बल कहले बाड़न कि अब लाइसेंस लेबे वाली कंपनी के स्पेक्ट्रम खातिर अलगा से भुगतान करे के होई. पुरनकी कंपनियन के ६.२ मेगाहर्ट्ज फोकट में मिली जबकि नयकी कंपनियन
भिखारी ठाकुर सामाजिक शोध संस्थान काल्हु आरा के पटेल बस स्टैण्ड स्थित भिखारी ठाकुर प्रतिमा का लगे एगो विचार गोष्ठी के आयोजन कइलसि जवना में भोजपुरी के विकास खातिर एकर जड़ सींचे के बात कहल गइल. गोष्ठी के अध्यक्षता हरिद्वार प्रसाद किसलय कइले.एह मौका पर पिछला महीना भइल एगो प्रतियोगिता में विजयी विद्यार्थियन के एक
सरकार के नियम बा कि कवनो पुल भा पीपा पुल पर पैदल भा दुपहिया वाहन सवारन से कवनो तरह के तहबाजारी ना वसूलल जाई. बाकिर गोरखपुर: खोराबार में राप्ती नदी के चंदा घाट पैण्टून ब्रिज पर आ रोहिन नदी के मझरिया घाट पुल पर ठीकेदार अवैध वसूली करत बाड़े जवना के रोके के चेतावनी गोरखपुर
उत्तर प्रदेश का हरदोई में कैंसर के दवाई खातिर कच्चा माल बनावे वाला एगो कारखाना में परखनली चटकला से फासजीन नाम के जहरीली गैस के रिसाव हो गइल जवना चलते दर्जनो लोग बीमार हो गइलें. तीन आदमी के ओह जहरीला गैस से मौत हो गइल बा आ बाकी लोग के इलाज चल रहल बा जवना
धोखा दे के भारत के विद्यार्थियन के अमेरिका के कैलिफोर्निया में ट्राय वैली विश्वविद्यालय में प्रवेश लिहला का बाद ओह विद्यार्थियन का साथ अमेरिकी प्रशासन जानवर लेखा व्यवहार करत बा. ओकर कहना बा कि ई छात्र पढ़ाई वाला वीजा पर आ के जँहे तँहे नौकरी करत बाड़े. भारत सरकार अमेरिका से निहोरा कइले बा कि
केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद कहले बाड़न कि अगिला तीन साल में देश में मेडिकल पीजी के दस हजार सीट बढ़ा दिहल जाई जेहसे कि विशेषज्ञ डाक्टरन के कमी दूर हो सके. एकरा अलावे केन्द्र सरकार देश के एक सौ पिछड़ा जिला के चुनले बिया जहवाँ स्वास्थ्य के सुविधा बढ़ावल जाई. जइसे कि हर
हिन्दी फिल्म “दबंग” के काल्हु भइल ५६वाँ फिल्म फेयर समारोह में सबले बढ़िया फिल्म के पुरस्कार मिलल. साथ ही ओकरा में काम करे वाला अभिनेत्री सोनाक्षि सिन्हा के सर्वश्रेष्ठ नवोदित अभिनेत्री के, “मुन्नी बदनाम हुई” गाये वाली गायिका ममता शंकर के सर्वश्रेष्ठ गायिका के, आ ओकर संगीतकार साजिद वाजिद के सर्वश्रेष्ठ संगीतकार के पुरस्कार दिहल
केन्द्र सरकार का तरफ से देश के सबसे बड़हन न्यायालय में गलत हलफनामा दाखिल करावल गइल बा कि ओकरा मालूमे ना रहुवे कि केन्द्रीय सतर्कता आयोग के चेयरमैन पद पर बहाल होखे वाला पी॰जे॰ थामस पर कवनो घोटाला के मुकदमा बा. जबकि बहाली से पहिलही विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज, जे ओह बहाली के नियुक्त
बिहार सरकार अब स्कूलन में पढ़े वाला छह बरीस से चौदन बरीस के बीच के विद्यार्थियन खातिर हेल्थ कार्ड बनाई. ओकनी के सालाना स्वास्थ्य जाँच करावल जाई आ कवनो बीमारी मिलला पर ओकर इलाज करावल जाई. बिहार के स्वास्थ्य सेवा में बढ़िया सुधार आइल बा आ अब सरकारी अस्पतालन पर मरीजन के भीड़ बढ़ल जा
जौनपुर जिला के जलालपुर थाना के केरांव गाँव से एगो ईंट भट्ठा पर काम करे वाला बासठ गो मजदूरन के मुक्त करा दिहल गइल. प्रशासन के कहना बा कि छत्तीसगढ़ से ले आइल मजदूरन के बंधक बना के राखल गइल रहे आ ओकनी से मजदूरी करावल जात रहुवे. अब ओह मजदूरन के ओकनी के घरे
उत्तर प्रदेश सरकार मिर्जापुर जिला में गंगा नदी के चुनार आ भटौली घाटन पर बनत पुलन खातिर २१ २१ करोड़ रुपिया अवमुक्त कर दिहले बिया. एह पुल के बन गइला से चुनार आ बनारस के बीच के दूरी तीस किलोमीटर रह जाई आ मिर्जापुर से बनारस के दूरी घट के पचास किलोमीटर रह जाई.
उत्तर प्रदेश सरकार कालीन बुनकरन के दिहल जाये वाला महँगाई भत्ता में १५६ रुपिया हर महीना के बढ़ोतरी कर दिहले बिया. महँगाई भत्ता अगस्त २०१० से जनवरी २०११ का बीच का अवधि खातिर एह बढ़ोतरी का बाद २६३० रुपिया हर महीना हो गइल बा. सरकार के श्रम विभाग एकर विज्ञप्ति काल्हु शुक का दिने जारी
Older Posts››