गाजीपुर में बिजलीघर लगावल जाई
January 1, 2011
काल्हु लखनऊ में चार गो कंपनियन का साथे प्रदेश सरकार समझौटा ज्ञापन पर दस्तखत कइलसि. १३२० मेगावाट क्षमता वाला एह बिजलीघरन से पैदा होखे वाला सगरी बिजली प्रदेशे के मिली. एह चार गो में से एगो बिजलीघर गाजीपुर में लगावल जाई जवना के वेलस्पन पावर लगाई. बतावल जा रहल बा कि डेढ़ साल में एह बिजलीघरन पर काम शुरु हो जाई आ चार साल में बिजली के उत्पादन शुरु हो सकी. एह बिजली के दाम प्रदेश के बिजली नियामक आयोग तय करी. आशा बा कि एह बिजलीघरन का बन गइला से प्रदेश में बिजली के उपलब्धता बेहतर हो जाई.
UTTR PRDESH KE EES PICHHRE JELE MEN YH PARIYOJ LGNE SE JILE KA CHAHUMUHKI VIKAS HOGA
BAHUT ACHHI KHABR HAI