बेतिया में धान व्यवसायी के हत्या
January 3, 2011
शनिचर के रात में बेतिया के बिसुनपुर चौक पर एगो धान व्यवसायी संजय प्रसाद के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. संजय के चचेरा भाई नारायण प्रसाद नौतन के पूर्व विधायक हउवें. हत्या के कारण अबही सामने नइखे आइल. पुलिस संदेह में चार जने के गिरफ्तार कर के पूछताछ करत बिया. अतवार का दिने घटना से खिसियाइल लोग कटहिया बिसुनपुर चौक के जाम कर दिहले रहुवे.