छक्का मार के आपन इकवनवां शतक बनवले सचिन
January 4, 2011
बल्लेबाजी के स्टार सचिन तेंदुलकर आजु दक्षिण अफ्रीका का खिलाफ टेस्ट मैच में आपन ५१वाँ शतक छक्का मार के बनवलें. तिसरका टेस्ट का तीसरा दिने खेल खतम होखे का बेरा दक्षिण अफ्रीका दू विकेट गवाँ के ५२ रन बनवले रहुवे. पहिलका पारी में ओकर पूरा टीम ३६२ रन बना के आउट भइल रहे. भारत अपना पहिला पारी में ३६४ रन बना के आउट भइल. तिसरका टेस्ट बहुते खास बा काहे कि एकरा पहिले के दुनु टेस्ट में से एकहएक टेस्ट दुनु टीम जीतले बा. अब तिसरके से फैसला होखी कि शृंखला केकरा नामे रही.