राजा भईया के जमानत ना मिलल
January 4, 2011
एगो बसपा नेता के ब्लाक प्रमुखी खातिर नामांकन से रोके का अपराध में पकड़ाइल राजा भईया का नाम से जानल जाये वाला रघुराज प्रताप सिंह आ उनुका सहयोगियन पर पुलिस हत्या के प्रयास, लूट, आ अपहरण जइसन धारा लगा दिहले बिया. कुण्डा जिला अदालत में दायर जमानत याचिका पर आजु मंगल का दिने सुनवाई का बाद जज ओह लोग के निहोरा खारिज कर दिहलसि. अब ओह लोग के हाई कोर्ट से जमानत लेबे के कोशिश करे के पड़ी.