web analytics

पिकनिक मना के लौटत घरी भइल दुर्घटना के तिसरको घवाहिल मर गइल

भिखनाठोरी से नया साल के पिकनिक मना के लवटत तीन गो इंजिनियरिंग छात्र के मोटरसाइकिल दुर्घटना ग्रस्त हो गइल रहे. ओह दुर्घटना मं दू गो सवारी के मौत त ओहि दिन हो गइल रहे. तिसरका घवाहिल अभिषेक के पटना अस्पताल में भरती करावल गइल रहे. सोमार का दिने ओकरो मौत हो गइल. अभिषेक नरकटियागंज कोर्ट में पेशकार के बेटा रहे आ बेतिया परबतिया टोला के रहे वाला रहे. तीनो चेन्नई के इंजिनियरिंग कालेज के विद्यार्थी रहलें आ छूट्टी में घरे आइल रहलें. नया साल के जश्न मनावे तीनो एकही मोटरसाइकिल से भिखनाठारी गइले रहलें. ओहिजा से लवटत घरी दुर्घटना हो गइल रहे.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: