web analytics

रेलवे खातिर जमीन देबेवाला परिवार से एक आदमी के नौकरी

हाजीपुर-सुगौली, मुजफ्फरपुर-छपरा, आ मुजफ्फरपुर-सीतामढ़ी खातिर नया रेल लाइन बिछावे के योजना बा जवना खातिर जमीन मालिक तइयार नइखन. काल्हु विधानपरिषद सभापति ताराकांत झा का चेम्बर में डा॰रघुवंश नारायण सिंह का मौजुदगी में भइल बइठक में तय भइल कि जमीन देबे वाला हर परिवार के एक एक सदस्य के रेलवे में नौकरी दिआवल जाई. अब राजस्व विभाग वैशाली, मुजफ्फरपुर, सीतामढ़ी, पूर्वी चम्पारण, आ सारण के जिलाधिकारी के निर्दश दिहल जाई कि अर्जित होखे वाला जमीन के मालिकन से जानकारी बटोर के रेलवे के भेजल जाय.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: