चुनाव अगिला साल होखे वाला बा ओहसे पहिले एह साल जतना मन करे ओतना टैक्स बढ़ा लेवे का नीति का तहत उत्तर प्रदेश के परिवहन विभाग हर तरह के टैक्स आ शुल्क में बढ़ोतरी त करिये दिहलसि कुछ नयो शुल्क लाद दिहले बा. एह शुल्क के परिणाम ई होखी कि वाहन मालिक आपन भाड़ा बढ़ा दीहें, व्यापारी हर चीज के दाम बढ़ा दीहें. जनता भोगल छोड़ दोसर कुछ ना कर सके. साठ रुपिया किलो पियाज खरीदते बिया नु.
191 total views, 5 views today