web analytics

बिहार के मिले वाला केन्द्रीय धन दुगुना कर दिहल गइल

काल्हु दिल्ली में आर्थिक मामिला के मंत्रिमंडलीय समिति के बइठक प्रधानमंत्री मनमोहन सिहं का अध्यक्षता में भइल जवना में बिहार के मिले वाली केन्द्रीय राशि एह साल दू हजार करोड़ रुपिया कर दिहल गइल. ई राशि पिछड़ा क्षेत्र अनुदान कोष से दिहल जाई. अबहीं सालाना एक हजार करोड़ रुपिया मिलत रहल हा. बाकिर उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी के कहना बा कि एह राशि के बिहार खातिर विशेष पैकेज के माँग से कवनो संबंध नइखे आ विशेष पैकेज के मांग जारी रही. १९ जनवरी के केन्द्रीय वित्त मंत्री प्रनव मुखर्जी का साथे होखे वाला वित्त मंत्रियन के बइठक में फेर उठावल जाई.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: