web analytics

फेसबुक के उल्टा गिनती शुरु हो गइल बा

इन्टरनेट पर मिलेजुले के एगो बड़हन जगहा का रुप में पूरा दुनिया में लोकप्रिय वेबसाइट फेसबुक १५ मार्च २०११ से बन्द कर दिहल जाई. अगर रउरा आपन फोटो, मैसेज वगैरह बचावल चाहत बानी त ओकरा पहिले डाउनलोड कर के सुरक्षित कर लीं. ई खबर अतना अचके में आइल बा कि बहुते लोग के ठकुआ मार दिहले बा. बुझाते नइखे कि का प्रतिक्रिया दिहल जाव. फेसबुक बन्द कर देबे के जानकारी ओकर सीईओ मार्क जुकेरबर्ग खुद अपना पालो अल्टो आफिस में पत्रकारन के बोला के दिहलें. वित्तीय सलाहकार एह बात पर अचंभित हो रहल बाड़न कि ८ बिलियन डालर के बिजनेस केहू कइसे बन्द कर दी बाकिर जुकेरबर्ग के कहना बा कि ऊ बस आपन जिनिगी वापिस लिहल चाहत बाड़न. फेसबुक बेसम्हार हो गइल बा आ अब ओकरा के सम्हारे में उनकर जिनिगी बरबाद हो रहल बा.

फेसबुक के बन्द होखे के ई खबर वीकली वर्ल्ड न्यूज ८ जनवरी के प्रकाशित कइले रहे जवना के खंडन खुद मार्क जुकेरबर्ग के बयान से कइल गइल बा. जुकेरबर्ग के कहना बा कि ई खबर एकदम से फालतू बा. कहलन कि कुछ त दिमाग लगाईं. अतना बड़हन कंपनी के केहू काहे बन्द करे के सोची? अगर बन्दे करे के होखी त बेच काहे ना दी ? पिछला साल फेसबुक के कमाई २ बिलियन डालर के रहुवे.

 122 total views,  2 views today

%d bloggers like this: