web analytics

बिहार के बन्द चीनी मिल खोले के तइयारी

बिहार स्टेट सुगर कार्पोरेशन के १५ गो बन्द चीनी मिल में से छहगो चीनी मिल के नीलामी हो चुकल बा आ अब ओह मिलन के नयका खरीददारन के सँउपे के काम शुरु हो गइल बा. मोतीपुर चीनी मिल १२ जनवरी के केन्द्रीय सरकार के कंपनी इण्डियन पोटाश लि॰ के सँउपल जाये वाला बा. लौड़िया आ सुगौली चीनी मिल हिन्दुस्तान पेट्रोलियम खरीदले बा. रैयम आ सकरी चीनी मिल तिरहुत इण्डस्ट्री खरीदले बा. रैयम चीनी मिल में साल भर का भितरे चीनी उत्पादन के काम शुरु होखे वाला बा. सकरी चीनी मिल के अबही दसे फीसदी भुगतान मिलल बा. जब कम से कम चालीस फीसदी भुगतान मिल जाई तब ऊ चीनी मिल खरीददार के दिहल जाई. छहो चीनी मिल के नीलामी से मिलल धन के इस्तेमाल ओह मिल के मजदूरन के बकाया भुगतान करे में इस्तेमाल कइल गइल बा.

 275 total views,  5 views today

%d bloggers like this: