web analytics

छपरा जेपी विश्वविद्यालय के शिक्षक आन्दोलित भइले

जेपी विश्चविद्यालय के शिक्षक काल्हु तब आन्दोलित हो गइलें जब कुलपति अपना बाति से मुकर के कहलें कि शिक्षक लोग के प्रोन्नति खातिर स्क्रीनिंग करे के कवनो तिथि तय ना रहे. जबकि उनके दस्तखत से जारी आदेश में १५ जनवरी के तारीख तय कइल गइल रहे. एह चलते पिछला हफ्ता दस दिन से शिक्षक लोग आपन आपन फाइल दुरुस्त करावत रहे. शिक्षक लोग कुलपति के एह फैसला का खिलाफ उनुका कार्यालय का सोझा धरना पर बइठ गइलें.

 243 total views,  2 views today

%d bloggers like this: