मनोज तिवारी अयूर के ब्रांड अम्बेसडर बनले
January 16, 2011
भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी के आपन ब्रांड अम्बेसडर बनावे खातिर देश के नामी गिरामी कंपनियन में होड़ मचल बा. बिग बास से सबसे बेसी सुर्खी बिटोरे वाला मनोज तिवारी अब सौन्दर्य प्रसाधन बनावे वाली कंपनी अयूर के उत्पाद के प्रचार करत नजर अइहें. कंपनी के अध्यक्ष डीएस नारंग के कहना बा कि मनोज तिवारी के पहचान दूर दराज के गाँव तकले बा आ एकर फायदा कंपनी के मिली.