मुनाफ पटेल भारत के जितवा दिहलन
January 16, 2011
जोहांसबर्ग में भइल दुसरका एक दिना में भारत के टीम दक्षिण अफ्रीका के एगो जोरदार भिड़न्त में एक रन से हरा दिहलसि. पहिले खेलेवाला भारत के पूरा टीम १८९ रन बना के आउट हो गइल रहे आ लागत रहे कि दक्षिण अफ्रीका फेर इहो एकदिना जीत लिही. बाकिर मुनाफ पटेल के घातक गेंदबाजी २९ रन दे के चार गो विकेट ले लिहलसि. एहमें हासिम आमला आ ग्रीम स्मिथ के विकेटो शामिल रहल. जहीरो खान दू गो विकेट चटका के भारत के जीत पक्का करे में योगदान दिहलन. बाकिर मैच के परिणाम खातिर सभकर साँस टँगाइल रहे जब ले दक्षिण अफ्रीका के वायन पार्नल के कैच मुनाफ का गेंद पर युवराज सिंह ले के खेल खतम ना करा दिहलें. अब दुनु टीम एकएक गो एकदिना जीत चुकल बा.