सबरीमाला मंदिर के १०४ गो श्रद्धालु भगदड़ में मरलें
January 16, 2011
शुक का दिने सबरीमाला मंदिर में जुटल श्रद्धालुअन के लवटत घरी पता ना कवना कारण से पुल्लुमेडु में भगदड़ मच गइल जवना में अबले १०४ आदमी के मौत होखे के पुष्टि हो गइल बा. भगदड़ के कारण अलग अलग लोग अलग अलग बतावत बा, केरल सरकार हर मृतक के परिवार के पाँच लाख रुपिया मुआविजा देबे के एलान कइले बिया आ केन्द्र सरकार एक एक लाख. एकरा अलावे घवाहिलो लोग के मुआविजा आ इलाज के खर्चा दिहल जाई. घटना काहे भइल एकर जाँच करावल जाई.