जयराम रमेश नयका गाँधी बनल चाहत बाड़न
January 17, 2011
हर तरह के नियम कायदा ताख पर राखत बनावल गइल आदर्श हाउसिंग सोसाइटी के ३१ मंजिला इमारत ढहावे के आदेश देबे वाला पर्यावरण मंत्री जयराम रमेश का खिलाफ ओह नाजायज बिल्डिंग में फ्लैट के मालिकान के खीस निकले लागल बा. कहत बा लोग कि जब मामिला कोर्ट में पहिले से बा त मंत्री के आदेश दिहला के जरुरत का रहे. राकांपा नेता जितेन्द्र अवाड के कहना बा कि लागत बा कि देश में एहसे बड़ कवनो भ्रष्टाचारे नइखे. रमेड नयका महात्मा गाँधी बनल चाहत बाड़न. ओह लोग के पूरा भरोसा बा कि अपना दम खम पर ऊ लोग अदालत में केस जीत जाई. शायद इहो भरोसा होखी कि एह सरकार का रहते केहू भ्रष्टाचारियन के कुछ ना बिगाड़ पाई.