बिहार के हर गाँव सड़क से जुड़ी
January 17, 2011
बिहार के ग्रामीण कार्य मंत्री भीम सिंह कहले बाड़न कि अगिला वित्तीय साल से राज्य के हर ओह गाँव के सड़क से जोड़े खातिर मुख्यमंत्री विशेष सड़क योजना शुरु कइल जाई. सरकार के कोशिश बा कि राज्य के हर गाँव तक बारहमासी सड़क सुविधा उपलब्ध करा दिहल जाव. मंत्री भीम सिंह कहलें कि अगर जरुरत पड़ल त विश्व बैंक वगैरह वित्तीय संस्थानन से कर्जो लिहल जाई.