काल्हु अमर सिंह अपना पूर्वांचल स्वाभिमान यात्रा के दुसरका चरण बागी बलिया के धरती से शुरु कइलें. शहर के रामलीला मैदान में जमा बड़हन भीड़ के संबोधित करत अमर सिंह कहले कि कुल्ह अठारह करोड़ के आबादी वाला यूपी के केन्द्र से चार हजार करोड़ रुपिया मिलेला जवना में नौ करोड़ के आबादी वाला पूर्वांचल के मुश्किल से बीस करोड़ मिल पावेला. ई अन्याय काहे ? कहलें कि राज्य के अस्सी फीसदी बिजली पूर्वांचल में बनेला आ अँजोर सैफई आ बादलपुर करेला, काहे ? अमर सिंह भाजपो पर एक चोट करत कहलें कि समय आ गइल बा जब भाजपा पूर्वांचल का मुद्दा पर आपन रुख साफ करे काहे कि लालकृष्ण आडवाणी एह मुद्दा के समर्थन कइले बाड़न बाकिर राजनाथ सिंह खिलाफत. ई दुमुँहापन छोड़ के भाजपा साफ साफ आपन राय देव. बलिया के धरती पर अमर सिंह कहले कि पूर्व प्रधानमंत्री आ सांसद रहल चन्द्रशेखर के परिवार के समर्थन कइला का चलते सपा से अलग होखे के पड़ल. अपना पर फिल्मी जमघट जुटावे के आरोप के जवाब देत अमर सिहं बतवलें कि मुलायम के बीबी आ भतीजा तय करत रहे कि कवना कवना फिल्मी कलाकार के बोलावे के बा. पूछलें कि अब जब अमर सिहं सपा में नइखन तब सैफई में रसियन लड़कियन के लंगटा नाच के करावल ?