आजम खान पर देशद्रोह के मुकदमा
January 19, 2011
काश्मीर के भारत से अलगा बतावे वाला सपा नेता आजम खान पर बदायूं का अदालत का आदेश पर आजु बुध का दिने पुलिस मुकदमा दर्ज कर लिहलसि. अदालत में बजरंग दल के नेता उज्जवल गुप्ता याचिका दिहले रहले कि आजम खान पर देशद्रोह के मुकदमा चलावल जाव. ओही केस में अदालत के फैसला का बाद पुलिस केस दर्ज कर लिहले बिया. आजम खान पिछला २१ दिसंबर के बदायूं में काश्मीर का बारे में विवादित बयान दिहले रहलें.