web analytics

गरदन इज्जत पर दिये फिरो तब मजा यहाँ जीने का है

अपना पूर्वांचल स्वाभिमान यात्रा के दुसरका चरण के दूसरा दिने सागरपाली से चलल अमर सिंह कहलें कि सम्मान से जिये खातिर अगर मरहू के पड़े त ओह मौत के हँसी खुशी अपना लेबे के चाहीं. पूर्वांचल बहुते दिन ले अपना मिहनत से दोसरा के पूंजी बनावत रह गइल अब अइसन ना होखी. कहलें कि पूर्वांचल राज्य खातिर ई सबले बढ़िया समय बा. एहयात्रा का दौरान एगो खास वाकया ई भइल कि सपा के कवनो कार्यक्रम में शामिल होखे खातिर अखिलेश यादव अपना कार से आवत रहलें. रास्ता में अमर सिंह के देख के आपन गाड़ी रोकवा के उतरलें आ अमर सिंह के गोड़ छू के प्रणाम कइलें. अमरो सिंह स्नेह का साथ आशीर्वाद दिहलें.

 176 total views,  5 views today

%d bloggers like this: