अजीमाबाद एक्सप्रेस में डकैती
January 22, 2011
आजु शनिचर का दिन भोर में पटना से अहमदाबाद जावे वाली अजीमाबाद एक्सप्रेस के दू गो स्लीपर कोच में बक्सर का लगे डकैती पड़ल. डकैत करीब दर्जन भर रहले आ लूटला का बाद गाड़ी के चेन खींच के रोक दिहले आ भाग गइले. बतावल जात बा कि डकैत चौसा में डिब्बा में चढ़ल रहले. कतना के लूट भइल बा पुलिस एकर आकलन करत बिया. शायद हिस्सा बखरा में कतना आई एह खातिर ? काहे कि कहल जाला कि पुलिस के हर अपराधी के जानकारी रहेला आ लोग इहो मानेला कि हर अपराधो में ओकर हिस्सा रहेला. तबहिये त दिन दहाड़े अपराध होला आ पुलिस कुछ ना कर पावे.