बलिया में छह गो परिवार उजड़ल
January 22, 2011
परसो बियफे के रात भइल सड़क दुर्घटना से बलिया जिला के सँवरुपुर गाँव के छह गो परिवार उजड़ गइल. संवरुपुर गाँव के भोला राम के दाह संस्कार कर के लवटत रसड़ा के संवरुपुर गाँव के लोग जवना ट्रैक्टर पर सवार रहे ओकर भिड़न्त राजधानी रोड पर पहाड़पुर गाँव का लगे सामने से आवत ट्रक से हो गइल. बतावल जात बा कि ट्रक के ड्राइवर पियले रहुवे. मरे वालन में सातवाँ आदमी गाजीपुर के बाराचँवर के रहे. घवाहिलन के ले के जब लोग रसड़ा सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र पर चहुँपल त ओहिजा इलाज के पर्याप्त सुविधा ना रहल. कुछ लोग के बलिया जिला अस्पताल आ दू गो ढेर घवाहिल के बनारस खातिर रेफर कर दिहल गइल. स्वास्थ्य केन्द्र से घवाहिलन के भेजे खातिर एम्बुलेन्स सेवा ना मिल सकल काहे कि रसड़ा केन्द्र के एम्बुलेंस जमाना से खराब बा आ सूचना का बावजूद ओकर मरम्मत नइखे करावल गइल. दुर्घटना के जानकारी मिलते जिलाधिकारी आ कप्तान ओहिजा चहुँपले आ अपना देखरेख में घवाहिलन के भेजे के इन्तजाम करवले.