web analytics

बाबू जगजीवन राम पर शोध के पूरा खरचा विश्वविद्यालय उठाई

बाबू कुंवर सिंह विश्वविद्यालय के कुलपति सुभाष प्रसाद सिंह काल्हु घोषणा कइले कि भारत के उप प्रधानमंत्री रहल बाबू जगजीवन राम के व्यक्तित्व आ कृतित्व पर शोध करावे खातिर सगरी खरचा विश्वविद्यालय दीहि. ई विश्वविद्यालय अनुदान आयोग का तरफ से दिहल जाई. एह शोध खातिर खास कर के अनुसूचित जाति आ जनजाति के लोग के प्रोत्साहित कइल जाई. ई जानकारी काल्हु आरा में पिछला तीन दिन से चल रहल भारत निर्माण जन सूचना अभियान के समापन समारोह में दिहल गइल. समापन समारोह मे दूरदर्शन कलाकार मनमोहक कार्यक्रम पेश कइले.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: