Go to ...

टटका खबर

Online Bhojpuri Newspaper

भोजपुरी के बढ़ाईं, टटका खबर पर विज्ञापन दीं.

अधिका जानकारी ला  editor@anjoria.com  के मेल करीं.

RSS Feed

ईंट भट्ठा से बंधुआ मजदूरन के छोड़ावल गइल


जौनपुर जिला के जलालपुर थाना के केरांव गाँव से एगो ईंट भट्ठा पर काम करे वाला बासठ गो मजदूरन के मुक्त करा दिहल गइल. प्रशासन के कहना बा कि छत्तीसगढ़ से ले आइल मजदूरन के बंधक बना के राखल गइल रहे आ ओकनी से मजदूरी करावल जात रहुवे. अब ओह मजदूरन के ओकनी के घरे भेजल जा रहल बा. असल में होला ई कि ईंट भट्ठा पर काम करे खातिर मजदूर जुटावे के काम दलाल करे लें सँ जवन ओहिजा के गाँवन का संपर्क में रहेलें. भट्ठा का सीजन से पहिलही मजदूरन के एडवान्स दे दिहल जाला आ ओकरा बाद ऊ ठीकेदार भा दलाल ओह मजदूरन के भट्ठा पर चहुँपा देला. मालिक ओह मजदूरन के निगहबानी में राखेलें कि सीजन खतम होखे का पहिले भाग मत जा सँ भा कवनो दोसर भट्ठा वाला बहका मत ले जाव. अब प्रशासन आ कानून का नजर में इहे बंधक बना के राखल हो जाला.

More Stories From TatkaKhabar

%d bloggers like this: