web analytics

भारत से गइल छात्रन का साथे अमेरिका में जानवरन जइसन बर्ताव

धोखा दे के भारत के विद्यार्थियन के अमेरिका के कैलिफोर्निया में ट्राय वैली विश्वविद्यालय में प्रवेश लिहला का बाद ओह विद्यार्थियन का साथ अमेरिकी प्रशासन जानवर लेखा व्यवहार करत बा. ओकर कहना बा कि ई छात्र पढ़ाई वाला वीजा पर आ के जँहे तँहे नौकरी करत बाड़े. भारत सरकार अमेरिका से निहोरा कइले बा कि गलती ओह लड़िकन के नइखे विश्वविद्यालय के बा. आ ओह लड़िकन का साथे बदसलूकी ना होखे के चाहीं. कहल जा रहल बा कि ओह विद्यार्थियन के गोड़ में एगो रेडियो बेल्ट बान्ह दिहल गइल बा जवन कि जीपीएस प्रणाली से लैस बा आ जवना से पता चल जाई कि विद्यार्थी कवना समय कहवाँ बा.

भारत से अइसनका विद्यार्थियन के गिनिती डेढ़ हजार से बेसी बा आ अधिकतर आंध्र प्रदेश के हउवें.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: