हरदोई के एगो फैक्टरी में गैस रिसाव से तीन जने के मौत
January 30, 2011
उत्तर प्रदेश का हरदोई में कैंसर के दवाई खातिर कच्चा माल बनावे वाला एगो कारखाना में परखनली चटकला से फासजीन नाम के जहरीली गैस के रिसाव हो गइल जवना चलते दर्जनो लोग बीमार हो गइलें. तीन आदमी के ओह जहरीला गैस से मौत हो गइल बा आ बाकी लोग के इलाज चल रहल बा जवना में से कई लोग के हालत खराब बा. फैक्टरी मालिक पर मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा आ प्रशासन के तरफ से मुआविजा देबे के एलान कर दिहल गइल बा.