Archives for February 2011
केन्द्र सरकार के बजट पर बंगाल चुनाव के छाप साफे नजर आइल जब बंगाल आ केरल खातिर विशेष प्रस्ताव दिहल गड़ल. कविगुरु रविन्द्र नाथ टैगोर का नाम पर एक करोड़ रुपिया के पुरस्कार के एलान कइल गइल बा. बजट के कुछ खास बिन्दू ई रहली सँ तीन के तिकड़म वित्त मंत्री के प्रस्ताव में कई
भारत आ इंगलैण्ड के बीच के वर्ल्ड कप मैच में आखिरी ओवर दम साध के देखे वाला बन गइल रहे. एक बेर त लागल कि भारत जीतत जीतत हार गइल बाकिर अंत में मैच ड्रा हो के रहि गइल. अपना पारी में भारत पचासवाँ ओवर के एक गेंद बाकिये रहते ३३८ रन बना के आलइउट
पूर्वांचल राज्य स्थापना समिति आजु गोरखपुर विश्वविद्यालय के कुलपति से भेंट कर के एगो ज्ञापन सँउपलसि जवना में भोजपुरी भाषा के एगो स्वतंत्र विभाग बनावे के माँग कइल गइल बा. समिति के कहना बा कि एह इलाका में भोजपुरी भाषा के पढ़ाई आ ओहपर शोध के कवनो दोसर इन्तजाम नइखे. भोजपुरी क्षेत्र के विश्वविद्यालय होखला
गया में होखत एगो कार्यक्रम में भोजपुरी गायिका देवी का साथे गलत आचरण करे वाला कुलपति दिनेश प्रसाद सिन्हा आजु शुक का दिने गया के एगो अदालत में सरेण्डर कर दिहले जवना का बाद उनुकर जमानत याचिका मंजूर कर लिहल गइल. पिछला आठ फरवरी के बोधगया के एगो होटल में शादी समारोह का दौरान दिनेश
बिहार के विधायक निधि बहुते हल्ला कर के हटावल गइल रहे कि एहसे भ्रष्टाचार पसरत रहे. बाकिर कहल गइल बा कि चोर चोरी से जाई त जाई तुंम्बाफेरी से ना जाई. अब ओहि तरह के योजना फेर शुरु हो रहल बा. आजु पेश बजट में छह सौ चौवालिस करोड़ रुपिया विधायक लोग के मनपसन्द योजना
रायबरेली जौनपुर एक्सप्रेस रोजाना आसनसोल गोरखपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस छपरा सिवान का रास्ते गोरखपुर यशवन्तपुर साप्ताहिक एक्सप्रेस वाया फैजाबाद, कानपुर, भोपाल, काचेगुडा आसनसोल गोंडा साप्ताहिक एक्सप्रेस वाया छपरा मऊ शाहगंज अयोध्या वाराणसी अहमदाबाद साप्ताहिक एक्सप्रेस वाया अजमेर बड़काकाना डेहरी आन सोन पैसेंजर लखनऊ इलाहाबाद एक्सप्रेस अब विंध्याचल ले जाई हाजीपुर फुलवरिया पैसेंजर अब बथुआ बाजार तक
उत्तर प्रदेश के सरकार साफ कह दिहले बिया कि जबले केन्द्र सरकार पूरा खरचा ना दी तबले राज्य में शिक्षा के अधिकार देबे वाला कानून ना लागू कइल जाई. प्राथमिक शिक्षा मंत्री कहलन कि सगरी तइयारी पूरा हो चुकल बा बाकिर जब ले केन्द्र से एक हजार आठ सौ सत्तर करोड़ रुपिया मिल नइखे जात
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री मायावती आजु मऊ, बलिया, आजमगढ़ आ गाजीपुर जिला के दौरा कइली आ जिला अस्पताल, अंबेदकर गाँव, मलिन बस्ती, कांशीराम आवास योजना वगैरह के निरीक्षण कइली. उनुका दौरा पर बलिया में प्रशासन कर्फ्यू जइसन माहौल बना दिहले रहुवे. मुख्यमंत्री के दौरा से अउर कुछ होखे भा ना हर जगहा बरीसन से अधूरा
स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे बतवले बाड़न कि बिहार सरकार अगिला साल चार गो नया मेडिकल कालेज खोले जा रहल बिया. सरकार के योजना बा कि राज्य के हर प्रमण्डल में एगो मेडिकल कालेज रहे. एकरा अलावे हर जिला अस्पताल में तीन तीन सौ बेड अउरी बढ़ावल जाई. हर आशा कार्यकर्तृ के मेडिकल किट दिहल
बिहार के सैंतीस जिलन के साठ प्रखण्डन में पंचायत चुनाव खातिर नामांकन के सिलसिला आजु बियफे से शुरु हो गइल. पहिला चरण के मतदान २० अप्रेल के करावल जाई. नामांकन तीन मार्च तक, जाँच सात मार्च तक, आ नाम वापसी ९ मार्च तक हो सकेला. मुखिया, सरपंच, पंचायत समिति के सदस्य, आ गाँव कचहरी के
मशहूर गायिका देवी का साथ अभद्र व्यवहार के मामिला जगजाहिर होखला का बाद आ विधानसभा में एह मसला के उठला का बाद जेपी विश्वविद्यालय छपरा के कुलपति दिनेश प्रसाद सिन्हा देवी के पिता के निलंबित कर दिहले बाड़, कुलपति के एह आचरण का खिलाफ अब उनुका पर विधानसभा में विशेषाधिकार हनन के मामिला चलावल जा
काल्हु छपरा के मढ़ौरा में आयोजित इप्टा के कार्यक्रम संबोधित करत मारीशस के विद्वान डा॰ सरिता बुद्धू कहली कि सरस्वती पूजा के आयोजन में शीला के जवानी पर नाचे वाला नवही अपसंस्कृति फइलावत बाड़े आ एगो रंगकर्मी संस्थान होखला का नाते इप्टा के ई फर्ज बनेला कि ऊ एह अपसंस्कृति का खिलाफ पहल करे. उनुका
बलिया के सुपरिचित चेहरा, मुरली छपरा प्रखण्ड के पूर्व ब्लाक प्रमुख, विक्रम गैस एजेंसी के संचालक, आ महात्मा गाँधी इन्टर कालेज दलन छपरा के प्रबन्धक सतीश विक्रम सिंह के काल्हु प्रतापगढ़ में एगो सड़क दुर्घटना में निधन हो गइल. ऊ अपना क्वालिस कार से इलाहाबाद से लखनऊ जात रहले जब मेवई रेलवे क्रासिंग का लगे
आखिरकार केन्द्र सरकार के विपक्ष के माँग मानही के पड़ल आ टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला के जाँच संसदीय समिति से करावे के सकारे के पड़ल. आजु प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार से एह बात के गोहार कइले कि टू जी स्पेक्ट्रम घोटाला के जाँच करावे खातिर संसदीय समिति के गठन के प्रक्रिया शुरु कइल
मारीशस के पूर्व स्वास्थ्य मंत्री जगदीश गोवर्धन अपना पचास दिन के भारत भोजपुरी यात्रा का सिलसिला में आजु दिल्ली चहुँपले जहाँ उनकर भोजपुरी समाज के लोग स्वागत अभिनन्दन कइल आ एह मौका पर भोजपुरी के संविधान के आठवीं अनुसुची में शामिल करावे के माँग एक बेर फेर पुरजोर तरीका से उठावल गइल. दिल्ली के प्रेस
शाहरुख खान के कोलकाता नाइटराइडर्स का तर्ज पर भोजपुरिया मेगास्टार मनोजो तिवारी एगो टीम खरीदले बाड़न बाकिर जेपीएल में. जेपीएल माने झारखण्ड प्रीमियर लीग जवना के मैच मार्च में शुरु होखे जा रहल बा. एह लीग में मनोज तिवारी के टीम फ्रंटलाइन जमशेदपुर जाबांज का तरफ से तेजस्वी यादव खेलीहें जे एहसे पहिले दिल्ली डेयरडेविल्स
भारत विश्व कप क्रिकेट के पहिलका मैच में बांगलादेश का धरती पर बांगला देश के 87 रन से हरा दिहलसि. भारत अपना पारी में चार विकेट का नुकसान पर 370 रन बनवले रहुवे आ बांगला देश के 371 रन बनावे के लक्ष्य मिलल रहे. बाकिर बांगला देश 9 विकेट का नुकसान पर 283 रन बना
अगिला २२ मार्च के बिहार दिवस मनावल जाई. एही तारीख के बिहार राज्य के गठन भइल रहे. एह मौका पर बिहारियत जगावे खातिर तय कइल गइल बा कि भोजपुरी फिल्म आ बिहार के बारे में बनल डाकूमेन्टरियन के देखावल जाई. फिल्म समारोह मोना सिनेमा में होखी जवना में सात गो चुनल भोजपुरी फिल्म देखावल जाई.
भोजपुरी फिल्मोत्सव के तिसरका दिने पटना में देवी कमाल कर दिहली. आइल त रहले मनोज तिवारी आ रविकिशन दुनु जने, बाकिर दर्शकन के दिल जीतली भोजपुरी के गायिका देवी. उनकर गीत “अगुरी में डँसले बिया नगिनिया रे, ए ननदी सईंया के बोला द” दर्शकन का साथ साथ मनोज तिवारी आ रविकिशनो के नचा दिहलसि. मनोज
जेकरा पर पूरा स्कूल के नाज रहे आ सभे मानत रहे कि लड़िका पढ़े में बहुते बढ़िया बा ऊ महाफिसड्डी निकलल. बिना महतारी से पूछले कुछ ना कर सके, कुछ ना बता सके. तबहियो आजु जब स्कूल के मास्टर लोग ओकरा से सवाल जवाब कइल त ऊ अपना के बहुते तेज बतवलसि आ कहलसि कि
Older Posts››