यूपी विधानसभा चुनाव में भाजपा के शंख बजावे आ रहल बाड़े आडवाणी
February 5, 2011
उत्तर प्रदेश के विधानसभा चुनाव अगिला साल होखे वाला बा बाकिर हर दल अपना अपना तरीका से एह चुनाव का तइयारी में अबहिये से लाग गइल बा. भाजपा के पुरान आ बड़का नेता लालकृष्ण आडवाणी शनिचर का दिने कानपुर के फूलबाग मैदान में आयोजित सभा में उत्तर प्रदेश के भाजपा के चुनावी शंख फूंकीहे. एह रैली में भाजपा के सहयोगी दल का रुप में जदयू, शिव सेना, आ अकालियो दल के नेता शामिल होखीहें. भाजपा अपना एह महासभा में भाजपा महँगाई, करिया धन, आ भ्रष्टाचार के मुख्य मुद्दा बनावे जा रहल बिया.