web analytics

छपरा पटना मुख्य सड़क आजु बन्द बा

हाजीपुर से गाजीपुर तक के बीच के नेशनल हाईवे नम्बर १९ के छपरा से पटना का बीच के सड़क पर शीतलपुर से सोनपुर का बीचे के यातायात आजु अतवार का दिन सबेरे चार बजे से रात दस बजे ले बन्द रही. कारण ई बा कि शीतलपुर का लगे रेलवे के समपार फाटक संख्या चार पर आ गोविन्दचक के समपार फाटक संख्या एगारह के मरमम्त कइल जा रहल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: