web analytics

यूपी के १३० विद्यालयन में बी॰टी॰सी॰ पाठ्यक्रम के मान्यता ना मिली

नेशनल काउंसिल आफ टीचर्स एजुकेशन के टीम उत्तर प्रदेश के कई गो विद्यालयन के दौरा में देखलसि कि ऊ सभ गलत जानकारी दे के सरकार के शिक्षा विभाग से अनापत्ति प्रमाणपत्र ले लिहले बाड़े जबकि ओह विद्यालयन में मूलभूत सुविधा हइये नइखे. अइसनका १३० गो विद्यालयन के बी॰टी॰सी॰ पाठ्यक्रम के मान्यता ना दिहल जा सके. ई स्कूल इलाहाबाद, कौशाम्बी, प्रतापगढ़, भदोही, वाराणसी, मऊ, गोरखपुर, देवरिया, गाजीपुर, कानपुर, एटा, लखनऊ, बाराबंकी, आगरा, मेरठ, आ शाहजहाँपुर में बाड़े. अब एह स्कूलन का खिलाफ कार्यवाही करे के संस्तुति कइल गइल बा.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: