सुरेन्द्र यादव के जमानत मिल गइल
February 11, 2011
गया मेडिकल कॉलेज अस्पताल में एगो औरत के इलाज में कोताही के दोष लगावत ओहिजा के जूनियर डाक्टरन से राजद विधायक सुरेन्द्र प्रसाद यादव अझूरा गइल रहले आ उनुकर अंगरक्षक सिपाही गोली चला दिहले रहले जवना से तीन गो डाक्टर घवाहिल हो गइल रहले. बाद में पूरा प्रदेश के जूनियर डाक्टर तब ले हड़ताल पर रहले जब ले सुरेन्द्र यादव कोर्ट में समर्पण ना कर दिहले. आजु शुक का दिने गया के एगो अदालत सुरेन्द्र प्रसाद यादव के जमानत दे दिहलसि.