web analytics

एक त बाँड़ अपने गइलन नौ हाथ के पगहो ले गइलन

मिस्र के तानाशाह राष्ट्रपति हुस्ने मुबारक देश छोड़ के भागे पर मजबूर हो गइलन. एकरा बाद अगल बगल का देशो के लोग अपना अपना किहाँ के सरकार का खिलाफ आंदोलन कइल शुरु कर दिहले बा. काल्हु यमन का राजधानी साना आ अदन में हजारो लोग राष्ट्रपति अली अब्दुल्लाह सालेह का खिलाफ नारे बाजी करत सड़क पर निकल गइल आ लोग से मिस्र का तरह बगावत शुरु करे के आह्वान कइल. अदन में प्रदर्शनकारियन के सुरक्षा बल से टकराव का बाद गोली चलला के खबर बा जवना से सुरक्षा बल इन्कार कइले बिया. यमन में पिछला तीस साल से सालेह के तानाशाही चलत बा. सालाह कहले बाड़न कि ऊ साल २०१३ का बाद प्रेसिडेंट ना रहीहें आ अपना बेटा के सत्ता हस्तांतरित ना करीहें.

एही तरह अल्जीरियो में हजारो लोग सरकारी मनाही का बावजूद सड़क पर प्रदर्शन करे निकल गइल. अल्जीरिया के शहर अल्जीरियस में जनता आ पुलिस के बीच झड़प के खबर बा. ओ लोग अपना प्रेसिडेंट अब्दुल अजीज बटफ्लिका के हटावे के नारा लगावत रहे. अल्जीरिया में साल १९९९ से अब्दुल अजीज शासन करत बाड़न.

 200 total views,  5 views today

%d bloggers like this: