web analytics

चलनी दूसे सूप के जवना में बहत्तर छेद

यूपी के पूर्वमुख्य मंत्री मुलायम सिंह दावा कइले बाड़न कि यूपी में मिश्र जइसन आन्दोलन शुरु होखी जेहसे कि एहीजा के भ्रष्ट सरकार के हटावल जा सके. ऊ अपना पार्टी, जवना के सर्वे सर्वा या त ऊ खुद बाड़े भा उनकर बेटा भाई, के तीन दिन के राज्य सम्मेलन में भाषण देत ई बाति कहलन. कहलन कि एह आंदोलन में हिंसा ना होखी. ऊ मरीहें ना बाकिर मनबो ना करीहें. मुलायम जी के आपन जमाना भुला गइल बा शायद जब राज्य के जनता सपाइयन के गुण्डागर्दी से त्रस्त रहे आ मजबूरन ओकरा साइकिल छोड़ हाथी के सवारी करे के पड़ल. मुलायम के जनता जवन सिखवलसि ओकरा के ऊ सीखे के नइखन चाहत.

Loading

कुछ कहे के बा ?

%d bloggers like this: