भाजपा के अन्दरुनी कलह का चलते उत्तर भारतीयन के नुकसान
February 15, 2011
महाराष्ट्र खासकरके मुंबई में रहे वाला उत्तर भारतीयन के भाजपा से जोड़े खातिर भाजपा के उत्तर भारतीय मंच अतवार का दिने मुंबई में एगो महाकुंभ के आयोजन कइले रहे. बाकिर अन्दरखाने गोपीनाथ मुण्डे आ नितिन गडकरी के आपसी रगड़ा का चलते आयोजन फ्लाप जइसन हो गइल. उमेद रहे पचास हजार लोग के आवे के, अइले दसो हजार ना. कहल त इहो जा रहल बा कि मुंबई भाजपा पूरा कोशिश कइलसि कि आयोजन ना हो पावे. ओहिजा के हिन्दी भाषी अबहीं कांग्रेस का पाला में बाड़े जे कृपाशंकर सिंह आ राजहंस सिंह के सामने राख के ओह लोग के अपना साथे रखले बिया. बाकिर शिवसेना का साथे रहला का चलते उत्तर भारतीय समुदाय भाजपा से दूरी बनवले राखेला.