web analytics

वकीलन का विरोध से कचहरी ठप्प

राज्य में साँझ गा लागे वाला अदालत का विरोध मे राज्य भर के वकील सात दिन के हड़ताल पर चल गइल बाड़न जवना चलते आजु कवनो अदालती काम ना हो पावल. ओह लोग के कहना बा कि जबले सरकार एह फैसला के वापिस नइखे ले लेत तबले ऊ लोग आपन विरोध करत रही. मामिला कचहरी आ वकीलन से जुड़ल बा एह से एह पर कुछूवो कहल ठीक ना रही. उजर कोट आ करिया कोट वालन से नाहिये अझूराये के चाहीं. उजरका कोट वालन से त लोग कबो कबो अझूराइयो जाला बाकिर करियका कोट से सभे डेराला. साँप का बियर में हाथ के डालो ?

 292 total views,  2 views today

%d bloggers like this: