वैलेंटाइन डे का दिने अपना प्रेमी जीजा के जहर खिया के मार दिहलसि साली
February 15, 2011
पटना के अनिल कुमार के पत्नी अपना बीमारी से मर गइल त उनुकर टाँका अपना साली से लड़ गइल. साली जीजा के प्रेम परवान चढ़त गइल बाकिर ससुर जी एह शादी ला तइयार ना भइलन. मजबूरन अनिल दोसरा जगहा शादी कर लिहलसि. एह बियाह से नाराज साली उनुका के बेलेंटाइण डे का दिने बोला के खाना में जहर दे दिहलसि. तबियत खराब भइला पर अनिल के अस्पताल में भरती करावल गइल बाकिर ऊ बाच ना पावल. बाद में ओकर भाई अनिल के पुरनका ससुराल पर ई आरोप लगावत पुलिस केस कर दिहले बा. पुलिस मामिला के जाँच करत बिया.