मौसम जात जात करवट फेर दिहलसि
February 16, 2011
जाड़ा के मौसम जात जात काल्हु से करवट फेर दिहले बा. बिहार यूपी में करीब करीब हर जगहा काल्हु से रहि रहि के बरखा बूनी पड़त बा आ तेज हवा का चलते फेर से जाड़ लवटि आइल बा. कई जगहा ओलो गिरला के खबर बा, अररिया में अढ़ाई अढ़ाई सौ ग्राम के ओला पड़ला के खबर बा जवना से बहुते कच्चा घर धराशायी हो गइल बा. यूपी का सिद्धार्थ नगर में करीब आध घंटा ले ओला पड़ला के खबर बा. खेतिहर खातिर ई बरखा फायदा आ नुकसान दुनु दी. गेंहू वाला के फायदा होखी त दलहन तिलहन सब्जी वालन के नुकसान.