Go to ...
RSS Feed

Archives for February 2011

भोजपुरी सिनेमा के पचाससाला समारोह के दुसरका दिन

पटना में हो रहल तीन दिन के समारोह का दुसरका दिने श्रीकृष्ण मेमोरियल हाल में प्रसिद्ध भोजपुरी गायिका विजया भारती अपना लोक गीत के शानदार प्रस्तुति दिहली. गायक सुशील बावेजा के भजन आ अशोक पांडे के तबलावादन लोग के मन मोह लिहलसि. ए॰एन॰सिन्हा इंस्टीच्यूट में मंगल का दिने तीन गो फिल्म देखावल गइली सँ, बलम

बिहार के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्रो पर अब मरीजन के खाना दिहल जाई

बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे कहले बाड़न कि जिला अस्पतालन का तरह अब हर प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र पर भरती मरीजन के खाना दिहल जाई. एकरा खातिर अगिला बजट में २८ करोड़ रुपिया के इन्तजाम कइल गइल बा. अश्विनी कुमार चौबे पश्चिमी चंपारण जिला में खरीदल दवाईयन में आइल कालातीत दवाईयन के वापिस करे

अगिला पाँच साल में बिहार में पन्द्रह हजार नया उच्च विद्यालय स्थापित होई

पटना में पटना सिटी कन्या उच्च माध्यमिक विद्यालय के स्वर्ण जयन्ती समारोह के संबोधित करत बिहार के मानव संसाधन मंत्री प्रशान्त कुमार शाही बतवले कि अगिला पाँच साल में राज्य में पन्द्रह हजार उच्च विद्यालय खोलल जाई. अबहीं राज्य में तीन हजार उच्च विद्यालय बा. एह साल एक हजार नया स्कूल खूल जाई. राज्य में

मोतिहारी के कालेज मे तोड़फोड़

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति मोतिहारी के अनुग्रह नारायण सिंह कालेज के साढ़े आठ सौ विद्यार्थियन के इंटर परीक्षा में शामिल होखे खातिर दिहल आवेदन नकार दिहले बा जवना से खिसियाइल विद्यार्थी बुध का दिने कालेज में हंगामा मचवले आ तोड़ फोड़ कइले.

मौसम जात जात करवट फेर दिहलसि

जाड़ा के मौसम जात जात काल्हु से करवट फेर दिहले बा. बिहार यूपी में करीब करीब हर जगहा काल्हु से रहि रहि के बरखा बूनी पड़त बा आ तेज हवा का चलते फेर से जाड़ लवटि आइल बा. कई जगहा ओलो गिरला के खबर बा, अररिया में अढ़ाई अढ़ाई सौ ग्राम के ओला पड़ला के

ईदे मिलादुनबी का मौका पर जलसा जुलूस

बुध का दिने देश भर में पैगम्बर साहब के जन्म दिन पूरा धूम धाम से मनावल जा रहल बा. जगहे जगह जलसा हो रहल बा आ जुलूस निकालल जा रहल बा. मस्जिदन के खूब सजावल गइल बा आ कई जगह लोग अपना घर पर झालर पट्टी लगवले बा. जलसा कर के पैगम्बर के संदेश के

भोजपुरी सिनेमा के पचाससाला जश्न के पहिलका दिन

काल्हु पटना में भोजपुरी सिनेमा के पचास साल पूरा होखला का मौका पर तीन दिवसीय कार्यक्रम का पहिलका दिने भोजपुरी के पहिलका फिल्म “गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो” देखावल गइल जवना के देख के दर्शक पुरनका जमाना में हेरा गइलें. बाद में भोजपुरी सिनेमा के इतिहास पर आयोजित सेमिनार में पत्रकार अजय ब्रह्मात्मज, भोजपुरी फिल्म

वकीलन का विरोध से कचहरी ठप्प

राज्य में साँझ गा लागे वाला अदालत का विरोध मे राज्य भर के वकील सात दिन के हड़ताल पर चल गइल बाड़न जवना चलते आजु कवनो अदालती काम ना हो पावल. ओह लोग के कहना बा कि जबले सरकार एह फैसला के वापिस नइखे ले लेत तबले ऊ लोग आपन विरोध करत रही. मामिला कचहरी

बिहार के वार्षिक योजना के योजना आयोग मान लिहलसि

आजु योजना आयोग बिहार के सालाना योजना के सकार लिहलसि जवना में चौबीस हजार करोड़ रुपया खरच करे के सोचल गइल बा. एह बड़हन योजना से बिहार के विकास के गति अउरी तेज होखी. साथ ही नीतीश कुमार एक बेर केन्द्र से कहले कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दे दिहल जाव त एहिजा

साइबर अपराध से निबटे खातिर संस्थान बनाई केन्द्र सरकार

इलाहाबाद के भारतीय सूचना आ प्रौद्योगिकी संस्थान के निदेशक एम डी तिवारी बतवले बाड़न कि केन्द्र सरकार का सहयोग से एगो संस्थान बनावल जा रहल बा जवना में साइबर अपराध से निबटे लायक लोग प्रशिक्षित कइल जइहें. एह खातिर केन्द्र सरकार पचास करोड़, राज्य सरकार पैंतीस करोड़, आ औद्योगिक घरानन से पन्द्रह करोड़ मिले जा

सरकार हमेशा आठ से दस हजार फोन टेप करावत रहेले

केन्द्र सरकार के अधिकारी के बयान सुनी त माने के पड़ी कवनो समय आठ से दस हजार फोन टेप होत रहेला. एकरा में ऊ फोन टेपिंग शामिल नइखे जवन राज्य सरकार का आदेश पर होत रहेला. पिछला दिने रिलायंस कम्यूनिकेशन सुप्रीम कोर्ट में हलफनामा दे के कहले रहुवे कि पिछला छह साल में ओकरा से

वैलेंटाइन डे का दिने अपना प्रेमी जीजा के जहर खिया के मार दिहलसि साली

पटना के अनिल कुमार के पत्नी अपना बीमारी से मर गइल त उनुकर टाँका अपना साली से लड़ गइल. साली जीजा के प्रेम परवान चढ़त गइल बाकिर ससुर जी एह शादी ला तइयार ना भइलन. मजबूरन अनिल दोसरा जगहा शादी कर लिहलसि. एह बियाह से नाराज साली उनुका के बेलेंटाइण डे का दिने बोला के

भाजपा के अन्दरुनी कलह का चलते उत्तर भारतीयन के नुकसान

महाराष्ट्र खासकरके मुंबई में रहे वाला उत्तर भारतीयन के भाजपा से जोड़े खातिर भाजपा के उत्तर भारतीय मंच अतवार का दिने मुंबई में एगो महाकुंभ के आयोजन कइले रहे. बाकिर अन्दरखाने गोपीनाथ मुण्डे आ नितिन गडकरी के आपसी रगड़ा का चलते आयोजन फ्लाप जइसन हो गइल. उमेद रहे पचास हजार लोग के आवे के, अइले

केरल में प्रधानमंत्री के आचरण का खिलाफ प्रस्ताव

काल्हु केरल विधानसभा में एगो प्रस्ताव पास करके एह बात के विरोध कइल गइल कि प्रधानमंत्री अपना यात्रा का दौरान ओहिजा के मुख्यमंत्री वी.एस. अच्युतानंदन के तनिको महत्व ना दिहलें. प्रस्ताव पास भइला का बाद राति खानि प्रधानमंत्री अच्युतानंदन से बतिया के आपन अफसोस जाहिर कइलन. मुख्यमंत्री के अनदेखी के हद ई रहल कि कोच्चि

बलिया में एटीएम कार्ड बदल कर रुपिया चुरावे वाला दू जने पकड़इले

बलिया में दोसरा के एटीएम कार्ड चोरा के रुपिया निकाल लेबे वाला गिरोह के दू जने के जनता पकड़ि के पुलिस के सँउपलसि. बतावल जात बा कि ई लोग झाँसा पट्टी दे के दोसरा के एटीएम कार्ड बदल देत रहुवे आ बाद में ओकर रुपिया निकाल लेत रहुवे. अइसने एगो भुक्तभोगी आज स्टेट बैंक का

एही साल शुरु हो जाई छपरा के इंजीनियरिंग कॉलेज

बिहार के विज्ञान आ प्रावैधिकी मंत्री गौतम सिंह का अनुसार छपरा के जय प्रकाश विश्वविद्यालय के अंगीभूत महाविद्यालय का रुप में लोकनायक जयप्रकाश टेक्नालाजी इंस्टीच्यूट एही साल से काम करल शुरु कर दी. सत्र २०११ १२ से एह महाविद्यालय में २४० विद्यार्थियन के नाम लिखल जाई. अबही चार गो पाठ्यक्रम शुरु हो रहल बा, इलेक्ट्रिकल

भोजपुरी सिनेमा के स्वर्ण जयन्ती का अवसर पर पटना में समारोह

भोजपुरी सिनेमा के स्वर्ण जयन्ती का अवसर पर पटना में आजु १४ फरवरी से १६ फरवरी तक तीन दिन के विशेष कार्यक्रम हो रहल बा जवना के आयोजन फाउंडेशन फॉर मीडिया कल्‍चर एंड सिनेमा अवेयरनेस कर रहल बा. कार्यक्रम पटना के ए एन सिन्हा इंस्टीच्यूट आ श्रीकृष्ण मेमोरियल हाल में आयोजित कइल गइल बा. एह

फेर बैतलवा फेंड़ पर

अयोध्या विवाद के वैताल फरु फेंड़ पर लटकि गइल बा. इलाहाबाद हाई कोर्ट के लखनऊ पीठ के फैसला का बाद कुछ लोग उमे्द जतवले रहुवे कि एह समस्या के समाधान हो जाई बाकिर कवनो पार्टी समझौता खातिर तइयार नइखे. सभके पूरे चाहीं आ अपने शर्त पर. अयोध्या के दुनिया भर में श्रीरामलला के जन्म स्थली

विकास के नया मापदण्ड बनावे के बाति कहले नीतीश

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु समाज कल्याण विभाग का ओर से पटना में आयोजित एगो कार्यक्रम में एह बाति के जरुरत बतवले कि विकास के सही मापदण्ड जनता के पोषण, शिक्षा, आ स्वास्थ्य सुविधा के गुणवत्ता पर निर्भर होखे के चाहीं खाली आर्थिक विकास पर ना. कहले कि बिहार सरकार राज्य के दू करोड़

समाजवादी पार्टी के राज्य सम्मेलन

मुलायम सिंह यादव के समाजवादी पार्टी के सतवाँ राज्य सम्मेलन काल्हु गोरखपुर में पुरा हो गइल. सम्मेलन में मुलायम सिंह राज्य सरकार का साथ साथ केन्द्रो सरकार के नीति के आलोचना कइले. जबकि केन्द्र सरकार के उनुकर पार्टी बसपा का साथे समर्थन करेले. देश के रक्षा मंत्री रह चुकल मुलायम केन्द्र सरकार के चीन का

Older Posts›› ‹‹Newer Posts