Archives for March 2011
जदयू लोकसभा में अपना मुख्य सचेतक मंगनी लाल मण्डल के निलंबित कर दिहलसि. तीन गो अउरी सांसदन के निलंबित कइल गइल बा जवना में उपेन्द्र कुशवाहा, राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह आ सुशील सिंह के नाम बा. एह लोग पर आरोप बा कि ई लोग पिछला विधानसभा चुनाव में पार्टी के उम्मीदवारन का खिलाफ
विधानसभा में स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे सकरले कि होमियोपैथिक चिकित्सा बोर्ड आपन जमीन गलत तरीका से होमियोपैथिक काउन्सिल के अध्यक्ष डा॰ रामजी सिंह के भाई शत्रुघ्न सिंह के पचास साल के लीज पर दे दिहल गइल बा. एह में से १८ साल बीत चुकल बा. कहलन कि बिना सरकार के अनुमति के बोर्ड आपन
आजु भइल प्रदेश कैबिनेट का बइठकि में तय कइल गइल कि खेती का काम में आवे वाला सामान आ कुछ जरुरी सामान पर वैट के दर मौजूदा साढ़े बारह फीसदी से घटा के चार फीसदी कर दिहल जाई. गेंहू के सरकारी समर्थन मूल्य एगारह सौ बीस रुपिया प्रति क्विंटल तय कइल गइल बा. सरकार चालीस
बनारस के संपूर्णानन्द संस्कृत विश्वविद्यालय के यूरोपियन गोथिक शैली में बनल मुख्य भवन के विश्व स्मारक का सूची में शामिल कइल जाई. एह भवन के नींव डेढ़ सौ साल पहिले सन् १८४७ में पड़ल रहे. एह भवन के असली रुप बरकरार राखत एकर मरम्मत पुरातत्व विभाग का मदद से करावे खातिर एगारह करोड़ के अनुदान
समस्तीपुर के बैरगनियाँ रक्सौल खण्ड पर रेल परिचालन पहली अप्रेल से बन्द कर दिहल जाई काहे कि ओकर आमान परिवर्तन के काम शुरु होखे जा रहल बा. एह दौरान रक्सौल नरकटियागंज सेक्शन पर तीन जोड़ी सवारी गाड़ी चलीहें सँ जेहसे कि यात्रियन के कम से कम असुविधा होखे.
बिहार सरकार साफ कइले बिया कि शिक्षा के अधिकार का तहत निजी स्कूल के एक चौथाई सीट गरीब बच्चन खातिर रही जवना के फीस, किताब आ पोशाक के खरचा सरकार दी. एह सीट पर प्रवेश में अनुसूचित जाति, जनजाति, पिछड़ी जाति आ अल्पसंख्यक वर्ग खातिर आमदनी के कवनो सीमा नइखे. करोड़पतियो के बच्चा एह सीट
करीब दू सौ से बेसी विश्विविद्यालयन के कुलपति शनिचर का दिने भइल अपना बइठक में केन्द्र सरकार से माँग कइले बाड़े कि हर तीसरे साल फीस में दस फीसदी बढ़ोतरी करे के कानूने बना दिहल जाव जेहसे कि विश्वविद्यालयन के आपन खरचा जुटावे में सहूलियत हो पावे. विश्वविद्यालय अणुदान आयोग देश भर के कुलपतियन के
सीबीएसई अपना स्कूलन में बारहवीं मे मास मीडिया के पाठ्य क्रम एही साल से शुरु करे जा रहल बा. विद्यार्थी एह विषय के वैकल्पिक रूप में ले सकीहें आ सफल विद्यार्थियन के देश के प्रतिष्ठित मीडिया संस्थानन का तरफ से प्रमाणपत्र दिहल जाई. एह पाठ्यक्रम में फिल्म, टेलीविजन, प्रिंट, रेडियो आ इंटरनेट माध्यम के शिक्षा
बहुत तरह का चरचा का बीच खबर मिलल बा कि महआ टीवी अपना मुख्य कार्यकारी अधिकारी पद पर एही चार अप्रेल से विवेक बहल के नियुक्त कइले बा. विवेक बहल एहसे पहिले स्टार प्लस के फिक्शन हेड रहलन आ ओहसे पहिले जी टीवी के फिक्शन हेड. बाकिर ऊ महुआ में फिक्शन हेड ना हो के
प्रधानमंत्री बिहार के सांसदन के भरोसा दिअवले बाड़न कि राष्ट्रीय विकास परिषद के अगिला बईठका में बिहार के विशेष राज्य के दरजा दिहला पर विचार कइल जाई. ऊ राजग संयोजक शरद यादव का नेतृत्व में मिले आइल बिहार के सांसदन के प्रतिनिधिमण्डल से बतियावत रहलें. सांसद लोग प्रधानमंत्री के बिहार का विकास मे आ रहल
सुशील मोदी पटना में आयोजित एगो प्रशिक्षण मेला के उद्घाटन करत कहले कि बिहार के हर प्रखण्ड में एगो आईटीआई, हर जिला में पॉलिटेकनिक संस्थान आ हर प्रमंडल मुख्यालय पर एगो इंजीनियरिंग कॉलेज खोलल जाई जेहसे कि बिहार के नवजवानन के तकनीकी योग्यता हासिल करावल जा सके. एह प्रशिक्षण मेला में देश के कई गो
तेंदुलकर, गंभीर, आ युवराज का अर्धशतक का सहारे भारत आस्ट्रेलिया के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. मटोरा में होत क्वार्टरफाइनल में मिलल एह जीत का बाद भारत सेमीफाइनल में चहुँप गइल. पाकिस्तान पहिलहीं वेस्ट इण्डीज के हरा के सेमीफाइनल में चहुँप चुकल बा. आ सेमीफाइनल में एही भारत आ पाकिस्तान के भिड़न्त होखे वाला बा.
एगो शर्मनाक बयान में देश के गृहमंत्री पी चिदम्बरम अमेरिका के राजदूत टिमोथी रोएमर से कहले रहलन कि देश बेसी आ बढ़िया विकास करीत अगर उत्तर भारत एकरा में ना रहीत. उनुका हिसाब से देश के सगरी विकास बस दक्षिण भारत आ पश्चिमी भारत के राज्यन से होखेला. साल २००९ में कहल एह बाति के
संयुक्त संसदीय समिति में सात आठ गो पुरनका मंत्री शामिल बाड़े जवन लोग टेलीकाम नीति का बारे में अपना कार्यकाल में फैसला लिहले रहुवे. संसंस प्रमुख चाको लोकसभा स्पीकर से पूछले बाड़न कि एह लोग का बारे में का कइल जाव काहे कि हो सकेला एह लोग से कनफ्लिक्ट आफ इंटेरेस्ट हो जाव. चाको इहो
लोकसभा में पारित अधिनियम में पटना के बिहटा आ बीएचयू के इंजीनियरिंग कॉलेजन के आईआईटी बना दिहल गइल बा, बाकिर बीएचयू के इंजीनियरिंग कालेज एकरा बादो विश्वविद्यालये के अंग रही. बाकी सगरी आईआईटी स्वायत्त संस्थान हई सँ. एह नयका अधीनियम से छह गो अउरी इंजीनियरिंग कालेजन, भुवनेश्वर, हैदराबाद, इन्दौर, गाँधीनगर, जोधपुर आ मण्डी, के शामिल
मुख्यमंत्री मायावती उत्तर प्रदेश के सगरी अधिकारियन के निर्देश दिहले बाड़ी कि पिछला निरीक्षण में मिलल कमी के जल्दी से दूर कर लिहल जाव ना त अगिला निरीक्षण में कमी भेंटइला पर कड़ा कार्रवाई कइल जाई. कहले बाड़ी कि जमीन विवादन के निबटारा मौके पर कर दिहल जाव आ कानून व्यवस्था बिगड़े मत दिहल जाव.
बिहार के सहकारिता मंत्री काल्हु विधानपरिषद में बतवले कि बिहार भूमि विकास बैंक के कवनो उपयोगिता नइखे रह गइल आ अबले एकरा १७२ करोड़ रुपिया के घाटा हो चुकल बा. एह चलते अब एह बैंक के बन्द कर देबे के फैसला ले लिहल गइल बा. ऊ विधानपार्षद सलीम परवेज आ दोसरा पार्षदन के ध्यानाकर्षण सूचना
बिहार विधानसभा में गृहमंत्रालय के अनुदान मांग पर चरचा का दौरान मंत्री विजय कुमार चौधरी बतवले कि सरकार पैंतालिस हजार सिपाहियन के बहाली करी. कहलन कि एनडीए शासन में कानून के राज बहाल भइल बा आ लोग अमनचैन से बा. उनकर कहना रहे कि पिछला चुनाव में मिलल जीत के पूरा श्रेय गृह विभाग के
अपना स्थापना के सउँवा साल शुरु होखते बिहार समारोह मनावे में लाग गइल बा जवन अलग अलग कार्यक्रम का रुप में साल भर तक चलत रही. काल्हु पटना में विधान परिषद के सउँवा साल के समारोह के उद्घाटन करत राष्ट्रपति प्रतिभादेवी सिंह पाटिल कहली कि हमनी के जाति धर्म संप्रदाय से उपर उठ के पूरा
पटना में काल्हु तीन दिन के भोजपुरी फिल्मोत्सव के उद्घाटन करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलन कि भोजपुरी सिनेमा बिहारी अस्मिता से जुड़ल बाड़ी सँ आ देश विदेश में बिहारीपन के पहिचान के मजबूत बनवले बाड़ी सँ. एह महोत्सव का दौरान गंगा मईया तोहे पियरी चढ़इबो, कब अइबू अँगनवा हमार, धरती मईया, बिदाई, बलम परदेसिया, गंगा
Older Posts››