बनारस का सारनाथ में बुद्ध के मूर्ति
March 7, 2011
बनारस का सारनाथ के मृगदाब परिसर में भगवान बुद्ध के अस्सी फीट ऊँच मूर्ति के अनावरण सोलह मार्च के करावल जाई. मिर्जापुर आ चुनार के पत्थर से गढ़ल एह मूर्ति के बनावे में दू करोड़ रुपिया के खरच आइल बा. गांधार शैली में भगवान बुद्ध के अभय मुद्रा में बनल ई मूर्ती देश के सबले बड़ मूर्ति होखी.