आज होलिका दहन भा सम्मत जरावल जाई
March 19, 2011
काल्हु होली हऽ आ आजु साँझ के होलिका दहन करावल जाई. एकरा के हमनी किहाँ सम्मत जरावल भा फूंकलो कहल जाला. लोग लड़िका सम्मत फूंकला का बाद ओकर परिक्रमा करेले आ लुकारी जरा के अपना अपना गाँव का सिवान का बाहर फेंके दउड़ेले. कई बेर पड़ोसी गाँव वालन से एही के ले के झगड़ो हो जाला. बाकिर फगुआ हँसी खुशी के पर्व ह आ ओही तरह मनावे के चाहीं.