आन्दोलनकारी जाटन के रेललाइन पर से हटावल जाव
March 19, 2011
काल्हु इलाहाबाद उच्च न्यायालय प्रशासन के निर्देश दिहलसि कि रेलवे लाइन पर से धरना हटावल जाव आ रेल गाड़ियन के चालन ठीक से करावल जाव. कोर्ट ई आदेश अपना हियाँ दाखिल एगो जनहित याचिका पर दिहले बा. कोर्ट का निर्देश का बादो जाट आन्दोलनकारी कुछ सुने के तइयार नइखन. कहले बाड़े कि कानूनी सलाह लिहल जाई. अलग बाति बा कि गैर कानूनी कामो खातिर कानूनी सलाह माँगे के बाति कतना जायज बा.