गोरखपुर के सहजनवां में नाव पलटला से चार गो लड़िका डूबले
March 19, 2011
गोरखपुर जिला के सहजनवा थाना इलाका के बिसरी गाँव में एगो छोट नाव पर सवार लड़िका पोखरा में मछरी मारे गइल रहले. एही दौरान नहाये का फेर में एक किनारे आ गइले जवना चलते नाव बेसम्हार हो गइल आ पलटि गइल. ओह पर सवार चार गो लड़िका तालाब में डूब के मर गइले. गोताखोर बाद में तालाब से लाश निकलले.