बिहार के स्वास्थ्य मंत्री के धमकी
March 22, 2011
बिहार के स्वास्थ्य मंत्री अश्विनी कुमार चौबे के सोमार का दिने मोबाइल से संदेश भेज के धमकी दिहल गइल बा कि चौबीस घंटा का भीतर बीस लाख रुपिया दे दऽ ना त जान से मार दिहल जाई. एक घंटा का भितरे दू गो अलग अलग मोबाइल नम्बर से उनुका के धमकी वाला संदेश भेजल गइल बा. स्वास्थ्य मंत्री एह बाति के जानकारी तुरते डीजीपी आ एस एस पी के दे दिहले जवना का बाद पुलिस तहकीकात में लागल बिया. अबही ले धमकी देबे वाला के पता नइखे लागल.